उत्तर प्रदेश के खबर
-

(सोमार, 14 नवंबर)

  • कांग्रेस के चुनाव प्रचार अभियान शुरू करत राहुल गाँधी राज्य के लोग के ललकरन कि कहिया ले भीख माँगे महाराष्ट्र जाएब सभे ? कहलन कि केन्द्र से मिलल धन के राज्य में दुरुपयोग होखत बा आ आम आदमी तक ऊ नइखे चहुँप पावत. राहुल के बयान के आलोचना करत बसपा कहलसि कि प्रदेश के पिछड़ापन, गरीबी आ बेरोजगारी खातिर सबले बेसी दोषी काँग्रेसे बिया. राहुल बतावसु कि राज्य के बढ़न्ती खातिर कवन काम कइले बिया कांग्रेस ?
  • मुख्यमंत्री मायावती कांग्रेस महासचिव राहुल के आरोपन के खारिज करत ओकरा के ‘झूठ के पुलिंदा’ बतवले बाड़ी.
  • प्रदेश में नगर निकायन के चुनाव समय पर ना करा पवला का चलते जवना निकार के समयावधि खतम होखत जात बा ओहिजा जिलाधिकारी के प्रशासक बना दिहल गइल बा. सगरी निकाय के कार्यकाल तीस नवम्बर ले पूरा हो जाई.
  • सुप्रीम कोर्ट राज्य सरकार से दस दिन का भीतर बतावे के कहले बिया कि एगो गैर आईएएस अधिकारी शशांक शेखर सिंह के कैबिनेट सचिव कइसे बना दिहल गइल.
  • मिर्जापुर के भटौली घाट स्थित प्लाटून पुल से एगो कार नदी में गिर पड़ल जवना चलते तीन गो छात्र डूब के मर गइलें. हालांकि छह गो बाकी छात्रन के बचा लिहल गइल. छात्र बनारस के सारनाथ जात रहले.
  • जौनपुर जिला के बक्सा इलाका में फतेहगंज का नियरा एगो जीप से धक्का लगला से दुपहिया सवार एगो अधिवक्ता आ उनुका पत्नी के मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts