बिहार के इंटर परीक्षा में कदाचार
-

बिहार इंटर परीक्षा में कदाचार रोके के सगरी प्रयास के बावजूद जगहे जगह कदाचार हो रहल बा. इहाँ तक कि मधेपुरा जिला में जदयू विधायक अरुण कुमार के बेटा अतीव कुमार का जगहा दोसर केहू इम्तिहान देत रहुवे जेकरा के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. गोपालगंज महेन्द्र महिला कालेज में जब जिलाधिकारी जाँच करे चहुँपलन त कालेज के प्राचार्या उनुके से अझूरा गइली आ बेहूदगी करे लगली. बाद में जिलाधिकारी प्राचार्या का खिलाफ मुकदमा दर्ज करा दिहलन. छपरो में राजेन्द्र कालेज में नकल करत पकड़ाये वाला नौ गो परीक्षार्थी के निष्कासित कर दिहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts