महान अभिनेता प्राण के दाह संस्कार मुंबई में हो गइल
-

ढेर दिन से बीमार चलत अभिनेता प्राण के तिरानबे साल का उमिर में शुक का दिने लीलावती अस्पताल में मौत हो गइल. प्राण एक जमाना में बॉलीवुड के प्राण रहले आ उनुका खलनायकी के कवनो जोड़ ना रहे. बाद में चरित्र अभिनेतो का रूप में प्राण गजब के काम कइलें. प्राण का निधन पर राजनेता से लिहले अभिनेता ले, दर्शक से लिहले समीक्षक ले सबही शोक मग्न हो गइलॆ बाकिर प्रकृति के एह परंपरा का सोझा केहू के बस ना चले. प्राण आपन भरपूर जिनिगी जी के गइल बाड़ें. एह महान अभिनेता के भरल मन से सबही श्रद्धांजलि दिहल.

शनिचर का दिने मुंबई के शिवाजी पार्क मसानघर में दाहसंस्कार करावल गइल. एह मौका पर बॉलीवुड के ढेरे लोग मौजूद रहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts