वेस्ट इंडीज के हरा के अब आस्ट्रेलिया से भिड़े के तइयारी
-

काल्हु होली का दिने चेपक मैदान पर भइल मुकाबिला में भारत वेस्ट इंडीज के ८० रन से हरा दिहलसि. भारत अपना पारी में आल आउट हो के २६८ रन बनवले रहे. सचिन तेंदुलकर के सैकड़ा के सैकड़ा ना बन पावल आ ऊ दूइये रन पर आउट हो गइलन. युवराज सिंह के शानदार १३३ रन आ दू गो कैच का चलते उनुका के मैन आफ द मैच घोषित कइल गइल. अब भारत के मुकाबिला बियफे का दिने अहमदाबाद में आस्ट्रेलिया का साथे होखी. क्वार्टर फाइनल के बाकी मुकाबिला में वेस्ट इंडीज पाकिस्तान से, साउथ अफ्रीका न्यूजीलैण्ड से आ श्रीलंका इंगलैण्ड से खेली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts