पहिला पन्ना | खबर | साहित्य | भाषा | टी॰वी॰ | सरोकार | सिनेमा | योग | संगीत | गीत गवनई | भउजी हो | चर्चा बा
लस्टम पस्टम | अगड़म बगड़म | भोला बाबू | राशिफल | शुभकामना संदेश | चिट्ठीमिलल | मारीशस से | भोजपुरी इन्टरनेट

भउजी हो !

के हऽ ?

का भउजी ? आजु चिन्हतो नइखू ?

अरे रउरा हईं ! अतना पोता गइल बानी कि चिन्हाते नइखीं.

हँ भउजी. महँगाई के मार में बाकी सब त भुला गइल बाकिर कादों पाँकी ना भुलाइल. एहमें दाम नइखे नू लागे के. सोचनी कि चलीं तोहरो के रंग डालीं बाकिर इहाँ त तुहूँ भोरही पोता गइल बाड़ू.

घड़ी देखनी ह ? कव बजत बा ?

फगुआ के घड़ी से का मतलब ?

कवना दुनिया में रहीलें ? मालूम नइखे सरकार तय कर दिहले बिया कि एक बजे दिन का बाद होली ना खेले दिहल जाई.

सरकार के बाप के राज बा का ? हमार मन जव बजे मन करे तव बजे खेलीं. सामने वाला से पुछ के रंग डालल जाले का ? कि घड़ी देख के ? अबे आठ बजत बा. अबही गोबर पानी चली. अब दस बज गइल बा अब रंग से खेलीं. अब एक बज गइल बा अब अबीर से खेलीं. आ अबीरे में लोग रंग मिला दी त सरकार का करी ? फाँसी चढ़ा दी का ?

ए बबुआ जानत नइखीं. सरकार हिन्दूवन का पर्व त्योहार पर जवन चाहे तवन पाबन्दी लगा सकेले. दोसरा का पर्व पर ना. एकरे नाम सेकूलरिज्म ह.

हँ भउजी, हमनी का अपने में मारे काटे में लागल रही ला से जवने पार्टी का मन करेला हमनी के भिड़ा के आपन मतलब साध लेले. बाकिर ई त हद हो गइल!

ना बबुआ. हद अबही नइखे भइल. आगा होखी अगर इहे रवैया बनल रह गइल त.