छठ के मौका पर दरभंगा ठुमका लगवली सीमा सिंह

केहू के सपना पूरा जाव त ऊ खुशी से नचबे करी. सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमो एह घरी खुशी से नाचत बाड़ी. सीमा सिंह के दिली तमन्ना रहल कि ऊ छठ पूजा का मौका पर बिहार के कवनो सार्वजनिक कार्यक्रम में डांस करसु. अबकी छठ पर उनकर सपना पूरा हो गइल जब सीमा सिंह दरभंगा में अपना कला के प्रदर्शन कइली.

एह मौका पर उनुका एगो फिलिम के शूटिंगो भइल. पिछला दिने सोनपुर मेला में शोभा थिएटर का मंचो पर सीमा सिंह नचले रही जवन फिलिम ‘गुलाब थियेटर’ के शूटिंग में इस्तेमाल भइल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..