पवन सिंह के ‘योद्धा’ जोड़ी मधु शर्मा संगे

Madhu-Pawan
हालही में रिलीज भइल फिलिम ‘योद्धा’ में भोजपुरी सुपरस्टार पवन सिंह के जोड़ी स्टार अभिनेत्री मधु संगे बनावल गइल बा. पवन आ मधु के जोड़ी एहसे पहिले फिलिम ‘एक दूजे के लिए’ में आइल रहुवे.

मैडज मूवीज बैनर, अभय सिन्हा के परोसल आ निर्माता समीर आफताब के एह फिलिम में पवन-मधु एक दोसरा के प्यार में पागल बाड़ें. दुनू जने पर गानो खूबे रंगदार फिलिमावल गइल बाड़ी सँ. निर्देशक हउवें राज सिप्पी.

फिलिम के कहानी कुछ अइसन बा कि रवि किशन आ पवन सिंह एक लड़िकी मधु शर्मा से प्यार करत बाड़ें. पाखी हेगड़े पर एगो खास गानो डालल गइल बा एह फिलिम में.

बिहार में आइल बाढ़ आ भारी बरखा का चलते ‘योद्धा’ 29 अगस्त के बिहार का सत्तर गो सिनेमा हाॅल में रिलीज कइल गइल.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..