भारत विरोधी उल्फा नेता अनूप चेतिया भारत का गिरफ्त में

साल 1997 से बांग्लादेश में गिरफ्तार भइल अनूप चेतिया के आजु सबेरे बांग्लादेश सरकार भारत के सँउप दिहलसि. बतावल जात बा कि एकरा खातिर पीएम मोदी के दखल देबे के पड़ल आ राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल ओकरा के भारत ले आवे खातिर सक्रिय हो गइल रहलन.
कुछ दिन पहिले फरार डाॅन छोटा राजन के भारत का हाथ लगला का बाद ई दुसरका बड़हन सफलता बा भारत खातिर. उल्फा के संस्थापक सदस्य आ आजुकाल्हु एकर महासचिव चेतिया पर भारत में हत्या, अपहरण आ फिरौती के अनेके मामिला दर्ज बा.
गिरफ्थार रहला का दौरान चेतिया तीन बेर बांग्लादेश में शरन मँगलसि बाकिर ओकरा के शरण ना दिहलसि बांग्लादेश आ सात साल के सजा कटला का बाद ओहिजा के एगो अदालत के आदेश से ओकरा के जेल में रखले रहुवे सरकार.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..