उत्तर प्रदेश के खबर, बुध 24 अगस्त का दिने
-
  • बाबतपुर हवाई अड्डा पर सीबीआई छापा मरले बिया. एहिजा साल में नयी दिल्ली के एगो कंपनी करीब सौ करोड़ रुपिया के निर्माण करवले रहुवे जवना में पन्द्रह करोड़ रुपिया के सीमेंट घोटाला के आरोप बा.
  • बलिया ट्रैक्टर ट्राली दुर्घटना में मरल इकतालीस लोग के परिवार के विधानसभा अध्यक्ष सुखदेव राजभर का हाथे एक एक लाख रुपिया के चेक दिहल गइल. ट्रैक्टर चालक पर मुकदमा दर्ज करावल गइल बा बाकिर ऊ फरार बा.
  • हापुड़ में चमड़ा उद्योग खातिर तीन सौ एकड़ जमीन अधिगृहीत करे के अधिसूचना रद्द कर दिहलसि राज्य सरकार.
  • पूर्वांचल विश्वविद्यालय के कुलपति रहल प्रो॰ शरद कुमार सिंह के काल्हु बयासी बरीस का उमिर में निधन हो गइल. ऊ जौनपुरके कोईलारी गाँव के रहले.
  • उत्तर प्रदेश के आतंकवाद निरोधी दस्ता एक लाख रुपिया के नकली नोट का साथे दू आदमी के गोरखपुर में गिरफ्तार कर लिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts