खेसारीलाल के ‘शोला शबनम’
-

SholaShabnam-posterभोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव अब दर्शकन का सोझा एगो रोमांटिक एक्शन फिलिम ‘शोला शबनम’ लेके आवत बाड़न.

फिलिम ‘शोला शबनम’ में खेसारी एगो अइसन नवही का किरदार में बाड़न जे अपना भाई के शहर से वापिस ले जाए ला आवत बा आ शहर में भाई के दुश्मनन के नाश क के वापिस ले जाए में सफल होखत बा.

खेसारी के नायिका बनल बाड़ी तनुश्री चटर्जी. फिलिम के खासियत एहमें खेसारीलाल के शानदार एक्शन बा.

एह साल ‘कच्चे धागे’, ‘प्रतिज्ञा-2’, ‘बेताब’, ‘चरणों की सौगंध’ जइसन हिट फिलिम दे चुकल खेसारी के उम्मीद बा कि ‘शोला शबनम’ फिलिमो बॉक्स ऑफिस पर हिट साबित होखी.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts