गुंजन पन्त के 'धूम मचईले राजाजी' शुक से बिहार में
-

धूम मचईले राजाजी

शुक २२ जून से बिहार में रिलीज फिल्म ‘धूम मचईले राजा जी’ से गुंजन पंत आपन धूम मचावे आइल बाड़ी. मोहक मुस्कान आ सौन्दर्य क मूर्ति गुंजन पन्त के अभिनय आ रूप लावण्य के दीवाना सिनेप्रेमी उनुकर फिलिम देखे सिनेमाघर ले खींचाइल चल आवेलें.

चुनमुन पंडित निर्देशित फिल्म ‘किसना कईलस कमाल’ के दर्शक खूबे सराहले रहलें आ अब उनुके निर्देशन में बनल ‘धूम मचईले राजाजी’ के बिहार के सिनेप्रेमी ओही तरह हाथोहाथ लिहले बाड़ें. एह फिल्म के निर्माता सुरेश प्रसाद मरिक आ सूर्यकान्त निराला हउवें आ सह निर्माता बाड़ें सुरेन्द्र कुमार. संगीत रंजय बावला के गीत रामचंद्र सिंह, मनोज मोहित अउर सूर्यकान्त निराला के, छायांकन ए.बेलुमुरुगन, संकलन अरविन्द त्यागी के, मारधाड़ निर्देशन सिंह इज किंग के आ नृत्य निर्देशन केदार सुब्बा के बा.

मुख्य भूमिका में छोटू छलिया, गुंजन पन्त, रोहित राज, राखी त्रिपाठी, पंकज मेहता, निरुपमा श्री, बिपिन सिंह अउर जनार्दन सिंह बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts