घाघरा के बाढ़ से लोग साँसत मे
-

मऊ जिला के दोहरीघाट मे घाघरा के पानी बढ़त मसान घाट के सगरी सीढि़यन के दूबा दिहले बावे. डोमराजा का घर का नियरा नदी के पानी के बैक रोलिंग का चलते कटान शुरू हो गइल बा. प्रशासन पत्थर के बोल्डर डाल के एह बैक रोलिंग से बचाव करे मे लागल बिया. गौरीशंकर घाटो का लगे खतरा बढ़ल बा बाकिर ओहिजा कटान नइखे होत.

ओने बलिया मे गंगा आ घाघरा दुनू नदियन के पानी अतवार का दिने चढ़ाव पर रहल. बिल्थरारोड मे घाघरा खतरा के निशान से उपर बहे लागल बिया. दुनू नदियन का किनारे बसल लोग अब आपन सामान समेट के सुरक्षित ठिकाना का ओर बढ़े का तइयारी मे लाग गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..