झलक के सेट पर आपन जनमदिन मनइहें रवि किशन
-

सिनेमा भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन अबकी आपन जनमदिन “झलक दिखला जा” के सेटे पर मनइहें. शूटिंग में व्यस्तता का चलते ऊ आपन जनमदिन पार्टी अबकी तीन दिन ला टाल दिहले बाड़न.

रवि किशन हर साल १७ जुलाई के आपन जनमदिन धूमधाम से मनावेलें. एहु साल जनमदिन पार्टी के उनकर तइयारी जोरदार रहुवे बाकिर अगिले दिन “झलक दिखला जा” के शूटिंग रहला का चलते ऊ आपन जनमदिन पार्टी अब शनिचर का दिने मनइहें. एने “झलक दिखला जा” के सेटे पर रविकिशन के जनमदिन औपचारिक रूप से मनावल जात बा.

रवि किशन के कहना बा कि “झलक दिखला जा” एगो रोमांचक मोड़ पर पहुच गइल बा आ प्रतियोगिता बहुते कठिन होत जात बा. अइसन में ऊ कवनो रिस्क लिहल ना चाहत रहलें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts