दिल्ली में भाजपा के नेता लोग गिरफ्तार कर के फेर छोड़ल गइल

हिंदू आतंकवाद के बाति कहे वाला गृह मंत्री शिंदे का खिलाफ आजु भाजपा के बड़का नेता दिल्ली में प्रदर्शन कइलें. ओह लोग के कहना बा कि आजादी का बाद से आजु ले आतंकवाद खातिर कबो कवनो मजहब के नाम ना लिहल गइल बाकिर शिंदे बिना कवनो सुबूत हिंदू आतंकवाद के नाम लेके संघ, भाजपा आ हिंदूवन के बदनाम करे के काम कइले बाड़न जवना ला उनुका सभका से सार्वजनिक माफी माँगे के चाहीं आ आपन बात वापस लेबे के चाहीं. पुलिस एह लोग के गिरफ्तार कर के कुछ देर बाद छोड़ दिहलसि.
भाजपा के कहना बा कि जबले शिंदे माफी ना मँगीहें तबले संसद चलावल मुश्किले होखी सरकार खातिर.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..