नवरात्रि के आखिरी दिने देवी मंदिरन में भीड़ उमड़ल
-

चइत नवरात्रि के नवमी में आजु मंगल का दिने देश के शक्तिपीठ आ देवी मंदिरन में श्रद्धालुअन के बड़हन समूह हवन पूजा करे जुटल. विंध्याचल धाम के विंध्यवासिनी देवी मंदिर, बलरामपुर जिला के देवीपाटन शक्तिपीठ, गोरखपुर के तरकुलहा देवी मंदिर, महाराजगंज के लेहड़ा देवी आ बोकटा देवी मंदिर, रोहतास के शक्तिपीठ ताराचंडी मंदिर आ भलुनी धाम, गोपालगंज के थावे मंदिर, छपरा के आमी मंदिर, बलिया के कपिलेश्वरी भवानी मंदिर आ ब्रह्माणी देवी मंदिर समेत हर जगहा श्रद्धालु बड़हन तादाद में हवन पूजा करे जुटलें.

आजुवे रामजी के जन्मोत्सवो देश के हर हिस्सा में मनावल जा रहल बा, मुख्य कार्यक्रम अयोध्या के कनक भवन मंदिर में हो रहल बा. पटना के महावीर मंदिर पर आजु श्रद्धालु बहुत बड़ संख्या में जुटले आ महावीर जी के पूजा अर्चना कइलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts