“नीच” मणिशंकर के कांग्रेस वापस लिहलसि

नयी दिल्ली 19 अगस्त. कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी शनिचर का दिने अपना निकालल नेता मणिशंकर अय्यर के फेरु से अपना गोल में शामिल क लिहलें. गुजरात चुनाव का बेरा मणिशंकर नरेन्द्ग मोदी के नीच आदमी बतवले रहलें जवना का बाद कांग्रेस उनका के अपना गोल से बाहर निकाल दिहले रहुवे.
अब सोशल मीडिया पर पढ़े के मिलत बा कि पाकिस्तान जा के ओहिजा के सेनाध्यक्ष के अँकवारी भरे वाला पंजाब सरकार में मंत्री नवजोत सिंह सिद्धू पाकिस्तान से मणिशंकर का तरफदारी में हुक्मनामा ले के आइल बाड़ें आ कांग्रेस ओकर पालन फटाफट कर दिहलसि.
वइसे आधिकारिक रूप से कांग्रेस के महासचिव अशोक गहलोत के कहना बा कि अनुशासन समिति मणिशंकर के निलम्बन रद करे के सिफारिश कइले रहुवे जवना के राहुल गाँधी मान लिहलें आ मणिशंकर के फेरु से कांग्रेस में शामिल कर लीहल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..