फर्जी कागजात बनावे के अड्डा पकड़ाइल
-

पूर्वी चंपारण के हरसिद्धि बाजार में एगो कम्प्यूटर मिक्सिंग लैब में धड़ल्ले से फर्जी प्रमाण पत्र बनावल जात रहुवे, एह लैब पर छापा मार के ढेरे फर्जी प्रमाण पत्र बरामद भइल आ दुकान के सील कर दिहल गइल. अंचलाधिकारी के शिकायत मिलल रहुवे कि शहर के एगो दुकान से एके दिन में सर्टिफिकेट मिल जात बा आ ओकर गुणवत्तो देखे में ठीकठाक लागत बा. छापा का बाद पता चलल कि बड़हर फर्जिबाड़ा चलत रहुवे ओह दुकान में.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..