फिल्मी गीतन मे शास्त्रीयता के रंग भरे वाला गायक मन्ना डे ना रहलन
-

बेगलूर. 24 अक्टूबर (वार्ता) ताजी हवा के झोका जइसन शीतल आवाज से फिल्मी गीतन मे शास्त्रीयता के रंग भरे वाला आ नाहियो त साठ साल ले सुनेवालन के अपना सुर सरिता के अजस्र धारा से भाव विभोर करे वाला मशहूर पार्श्व गायक मन्ना डे के बुध का तड़के एगो निजी अस्पताल मे निधन हो गइल.

चौरानवे साल के मन्ना डे को सांस आ गुर्दा का बीमारी चलते नारायण हृदयालय मे भरती करावल गइल रहले जहाँ उनकर आजु तड़के तीन बजके 45 मिनट पर देहान्त हो गइल.

मन्ना डे का परिवार मे दू गो बेटी शुरोमा आ सुमिता बाड़ी. पत्नी सुलोचना के पिछले साल निधन हो गइल रहे.

सांस्कृतिक प्रेक्षागृह रवीन्द्र कला क्षेत्र मे राखल मन्ना डे के पार्थिव शरीर ले सैकड़न लोग अंतिम दर्शन कइल आ उनुका के भावविह्वल अंतिम विदाई दीहल. देर साँझ उनकर अंतिम संस्कार कर दीहल गइल. अंतिम संस्कार उनकर दामाद जन रंजन देव कइलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts