बिहार के खबर
-

(मंगल, 1 नवंबर)

  • राज्य में उद्योग धँधा बढ़ावे खातिर बाढ़ आ फतुहा में सीमेंट के दू गो कारखाना, कोइलवर में शराब फैक्टरी, आ छपरा में एगो आटा मिल के स्थापना कइल जाई. एकरा अलावे चौहत्तर गो छोटहन उद्योगो के मंजूरी दिहल गइल बा.
  • जमुई जिला में बलथर गाँव का लगे बरनाल नदी पर पुल बनावे का काम में लागल पन्द्रह गो कर्मचारियन के विकास विरोधी नक्सली अपहरण कर लिहले बाड़े. नक्सली पुलिस वर्दी पहिरले अइले सँ आ हथियार का बल पर कर्मचारियन के अगवा कर ले गइले सँ. पुलिस अब छापामारी अभियान चलावत बिया.
  • गया जिला के इमामगंज आ बाँकेबाजार के जंगलन में छापामारी कर के पुलिस अनेके माओवादी प्रशिक्षण केन्द्रन के ध्वस्त कर दिहलसि आ असलहा, बम बनावे के सामान आ पुलिस वर्दी बरामद कइले बिया.
  • सिवान जिला के बरियारपुर गाँव में आग लगला से पाँच लोग झँउस गइलन.
  • अररिया जिला के सिकटी इलाका के सिमलबंटी गाँव के मोहम्मद अब्दुल के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. ओकरा लगे से पचीस आदमी के एटीएम कार्ड आ तीन लाख सतरह हजार रुपिया नकद बरामद भइल.
  • राज्य में किसानन के फसल बीमा के भुगतान सीधे चेक से ओह लोग का खाता में भेजल जाई. एकरा खातिर हर जिला में संबंधित पदाधिकारियन के निर्देश भेज दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts