मनोज तिवारी बन गइलन एसोसिएशन ऑफ बिहार क्रिकेट के नयका अध्यक्ष

सिनेमा भोजपुरी मेगा स्टार आ क्रिकेट प्रेमी मनोज तिवारी के कीर्ति आजाद का जगहा एसोसिएशन ऑफ बिहार क्रिकेट (ए.बी.सी.) के अध्यक्ष बनावल गइल बा. कीर्ति आजाद के एह पद से इस्तीफा दे दिहला का बाद चुनल गइल मनोज तिवारी कहलन कि बिहार में क्रिकेट के भला खातिर एबीसी, लालू प्रसाद यादव के बीसीए आ क्रिकेट एसोसिएशन ऑफ बिहार (सीएबी) तीनो के एक मंच पर आवे के चाहीं.

एबीसी के दू दिन के सालाना आम सभा के समापन पर मनोज तिवारी कहलन कि एबीसी के अध्यक्ष पद सम्हरला क बाद उनकर कोशिश रही कि बिहार के क्रिकेट राष्ट्रीय मुख्यधारा में शामिल होखे. बतवलन कि कीर्ति आजाद आपन पद एहला छोड़ दिहलन कि उनका पर आरोप लागत रहुवे कि कीर्ति आ लालू के टकराव का चलते बिहार में क्रिकेट के नुकसान होखत बा. आ कीर्ति एही चलते पद छोड़ दिहलन कि अगर उनका हटला से बिहार में क्रिकेट के भला हो सके त एकरा ला ऊ सब कुछ कर सकेले.

मनोज तिवारी आगे कहलें कि बिहार क्रिकेट में पिछला कुछ साल से जइसन खींचतान चलत बा ओहसे एह खेल के नुकसान भइल बा. कहलन कि बिहार क्रिकेट के एकजुट देखल उनकर प्राथमिकता बा. कहलें कि एबीसी, बीसीए अउर सीएबी से जुड़ल लोग एक साथे मिल बइठ के एह मुद्दा के समाधान निकालो. कहलन कि उनकर कोशिश रही कि एबीसी के बीसीसीआई से मान्यता मिल जाव. जरूरत होखी त ओ बीसीए अध्यक्ष लालूओ प्रसाद से बतियइहें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..