मुखिया जी के लव स्टोरी का मुहूर्त पर कुमार सानू गवले गाना

mukhiyaji-ke-lovestoryहिन्दी सिनेमा के सदाबहार गायक कुमार सानू पहिलहू अनेके भोजपुरी फिलिमन में अपना आवाज के जादू चला चुकल बाड़ें. बाकिर निर्माता-निर्देशक जितेन्द्र कुमार गुप्ता के फिलिम “मुखिया जी के लव स्टोरी” खातिर एगो स्पेशल गाना गा के आपन छाप छोड़ गइलन सिनेमा भोजपुरी ला.

फिलिम के संगीत मुहर्त के एह मौका पर फिल्मी दुनिया के नामी गिरामी लोग मौजूद रहल आ निर्माता-निर्देशक जितेंन्द्र कुमार गुप्ता के बधाई दिहलें. जितेंन्द्र गुप्ता के ई पहिलका भोजपुरी फिलिम ह. एहसे पहिले जितेन्द्र गुप्ता अनेके हिन्दी आ भोजपुरी फिलिमन के कहानी लिख चुकल बाड़ें. जितेन्द्र गुप्ता बिहार के गोपालगंज के हउवें.

फिलिम ओह लोग के कहानी ह जे कम समय में अधिका पइसा आ नाम कमाइल चाहेलें. अइसने एगो गाँव के नवही मुखिया बा जे एह फिलिम के मुख्य किरदार बा. फिलिम में कुल दस गो गाना बा.

एह फिलिम से नवोदित अभिनेता विजय सिंह के बड़का परदा पर उतारल जात बा. मुख्य कलाकारन में कुणाल सिंह, कल्पना शाह, विजय सिंह, कैलाश गौड, शिव गुप्ता वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..