राज सिप्पी लावत बाड़न ‘योद्धा’
-

Yoddha-poster
हिन्दी सिनेमा के जानल-मानल निर्देशक राज सिप्पी अब भोजपुरीओ परदा प धमाल मचावे ला तइयार बाड़न. राज सिप्पी के निर्देशन में बनल मल्टीस्टारर भोजपुरी फिलिम ‘योद्धा’ अब रिलीज ला तइयार बा.

अभय सिन्हा के पेशकश आ मैडज मूवीज के बैनर के एह फिलिम ‘योद्धा’ में भोजपुरी के दू गो सुपरस्टार रविकिशन आ पवन सिंह नजर अइहें. एह दुनू जने के नायिका बाड़ी मधु शर्मा. निर्माता हउवें समीर आफताब.

मुख्य कलाकारन में रवि किशन, पवन सिंह, मधु शर्मा, एहसान खान, किशोरी शहाणे विज, राज प्रेमी, अनुप अरोड़ा, जे० नीलम, अक्षिता, मुस्कान आ ब्रजेश त्रिपाठी शामिल बाड़े. स्टार अभिनेत्री पाखी पर एह फिलिम में तीन गो खास गाना फिलिमावल गइल बा. गीतकार हउवन प्यारेलाल यादव आ संगीतकार बप्पी लहड़ी.

शूटिंग 40 दिन के मैराथान शेडयूल में हैदराबाद के रामोजी राव स्टुडियो आ गोलकन्डा फोर्ट में भइल.

बकौल रविकिशन ‘योद्धा’ भोजपुरी फिलिमन में मिसाल साबित होखी, राज सिप्पी सर कमाल के फिलिम बनवले बाड़न जवन देखे वालन के बहुते पसंद आई. अभिनेत्री मधुशर्मा कहतारी कि मेकिंग आ तकनीक के हिसाब से योद्धा सबले भव्य भोजपुरी फिलिम का रूप में जानल जाई.


(प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts