रिंकू घोष ‘कोठा’ में अझुराइल बाड़ी
-

रिंकू घोष क बारे में कहल जाला कि सिनेमा भोजपुरी में जबहिओं कवनो बढ़िया भूमिका लिखल जाला त निर्देशक आ लेखक के जेहन में सिर्फ आ सिर्फ रिंकू घोष के नाम आवेला. सिनेमा भोजपुरी के ई ड्रीम गर्ल रिंकू घोष एह घरी अपना फिलिम ‘कोठा’ के शूटिंग में बिजी बाड़ी. शूटिंग पनवेल में होखत बा.

फिलिम में रिंकू घोष के किरदार एगो टूअर लड़िकी के बा. समाज के तमाम झंझावात झेलत झेलत एह लड़िकी के किरदार देखेवालन के रोवा दी. निर्देशक मनोज श्रीपति के एह फिल्म में रिंकू घोष के नायक बाड़ें नवोदित कुमार.

कहे वाला कहेलन कि रिंकू घोष जइसन अदकारा भोजपुरी सिनेमा में दोसर नइखे. आ एही से हर साल बेस्ट अदाकारा के अवार्ड में उनुके नाम आगे आ जाला.

आजुकाल रिंकू घौष के मनोज तिवारी संगे वाली फिलिम ‘भईया हमार दयावान’ बॉक्स आफिस पर सफलता के जादू कइले बिया त एही जोड़ी के फिल्म ‘अंधा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. दिनेश लाल यादव निरहुआ आ संजय पांडे संग ‘रखवाला’ के शूटिंग कर चुकल रिंकू घोष रवि किशन के नायिका बनल बाड़ी फिल्म ‘साली बड़ी सतावेली’ में. एह सूची में अउरिओ कई गो बेहतरीन फिलिम बाड़ी सँ आ ओही में से एक बावे ‘कोठा’.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts