विशाखापट्टनम में सीमा सिंह के जलवा

भोजपुरी के डांसिग डॉल सीमा सिहं के जलवा पिछला दिने विशाखापट्टनम में देखे के मिलल जब ऊ “निरहुआ मेल” खातिर एगो धाँसु आयटम नम्बर के शूटिंग करवली. एह डाँस के चरचा पूरा विशाखापट्टनम में चलल जहाँ लोग भोजपुरी ना जाने, ना बोले. बाकिर सीमा सिंह के आयटम नम्बर देखे खातिर निकहा भीड़ जुट गइल रहे ओहिजा.

एह डाँस खातिर यामन में एगो मजगर सेट सजावल गइल रहे जहवां रंग बिरंगा लाइट अउर बहुते तामझाम रहे. सैकड़न महिला आ पुरुष नर्तकन का बीच सीमा के डांस के लटका झटका जेही देखल वाहवाह कर उठल. बतावत चलीं कि एहसे कुछ दिन पहिलही सीमा सिंह आपन सौंवा आयटम
नम्बर शूट करवले रही. एतना कम समय में एतना आयटम नंबर करे के रिकार्ड त सीमा सिंह का लगे रहबे करुवे अब विशाखापट्टनम में आयटम नंबर करे के रिकार्डो जुट गइल.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..