सिवान में एगो दुकानदार अपना गाहक के गोली मरलसि

(प्रतीक फोटो)


सिवान 11 अप्रैल (वार्ता). सिवान जिला के मैरवा इलाका के मिसकरहि मुहल्ला में बुध का दिने एगो दुकानदार अपना गाहक के गोली मार के जान ले लिहलसि.
अपर पुलिस अधीक्षक ए. के. मिश्रा बतवलें कि सलमान खान अपना गाँवे के इशहाक मियां का दुकान से कुछ सामान खरीदले रहुवे आ ओकरे के बदलला ले के दुनु में कहा सुनी हो गइल. एह पर इशहाक अपना लगे राखल नाजायज पिस्तोल से सलमान के गोली मार दिहलसि.
सलमान के मौत ओहिजे हो गइल आ सूचना मिलला पर पुलिस भागल इशहाक के मैरवा टीसन से गिरफ्तार कर लिहलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..