हर कोई हो गइल बा सुशील सिंह के दिवाना
-

SushilSinghसिनेमा भोजपुरी के चर्चित सितारा सुशील सिंह के सिक्का आजुओ फिलिमन में खूब चल ता. एह बेहतरीन सितारा के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ आजुकाल्ह बिहार में सफलता के परचम लहरावत बिया. एह फिलिम में सुशील सिंह के भूमिका देख सबही उनुकर दिवाना हो गइल बा. एह फिलिम के सफलता से खुश सुशील सिंह के कहना बा कि राजकुमार पांडे जब उनुका के भूमिका सुनवले रहलें त सुशील तुरते मान गइल रहलें आ एह बात के खुशी बा कि फैसला सही रहल.

बतौर नायक आ खलनायक आपन अलगे पहचान बनवले सुशील सिंह जल्दिए अनिल सम्राट के फिलिम ‘प्रतिज्ञा-2’ में खलनायक के रूप में नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts