अग्निकुण्ड में अनारा के स्टंट सीन

तीन भाषा में बनत भोजपुरी, तमिल, छत्तीसगढ़ी फिल्म “अग्निकुण्ड” में चर्चित नायिका अनारा गुप्ता के जबरदस्त एक्शन सीन देखे के मिले जा रहल बा जवना खातिर अनारा आजुकाल्हु स्टट सीखे में लागल बाड़ी. एह फिल्म के निर्देशन करत बाड़े इकबाल बख्श आ नायक हउवें एक्शन स्टार सुशील सिंह. सुशील सिंह आ अनारा गुप्ता के जोड़ी एकरा पहिले “हम हईं मुन्ना भईया” में आ चुकल बा आ “रामलखन” अउर “अग्निकुण्ड” में आवे जा रहल बा. एह फिल्म में अनारा गुप्ता के जैकी स्टाइल एक्शन, तलवारबाजी आ फाईट देखे के मिलल जवना खातिर अनारा बहुते उत्साह से एक्शन सीखत बाड़ी. उनुका उमेद बा कि फिल्म तीनो भाषा में सुपर डुपर हिट रही.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।