निरहुआ-पाखी के ‘‘निरहुआ मेल’’

भोजपुरी सिनेमा के सुपरहिट जोड़ी दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े अब आ रहल बा लोग प्रेम कहानी ‘‘निरहुआ मेल’’ मेल में. जवना के श्री प्रियंका पिक्चर्स का बैनर में निर्माता के. एस. साईं बाबा आ ए. दासू बनावत बाड़े आ जी. सुब्बा राव निर्देशन करत बाड़े. हाल में एहजोड़ी के सुपरहिट फिलिमन में ‘‘कईसे कहीं तोहरा से प्यार हो गईल’’, ‘‘शिवा’’ आ ‘‘आखिरी रास्ता’’ जैसी सुपरहिट फिलिमन के निर्देशनो जी सुब्बेराव कइले बाड़न.

फिल्म में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’’, पाखी हेगड़े, मनोज टाईगर, गोपाल राय, ललन सिंह, रोजा उस्मानी, आ अवधेश मिश्रा के किरदार खास बाड़ी सँ. फिल्म के कहानी लेखक के. के. सिंह, गीतकार विनय बिहारी, प्यारे लाल यादव ‘‘कवि’’, संगीतकार राजेश-रजनीश, आ छायाकार अमर हउवन. फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन के काम चल रहल बा आ दुर्गा पूजा का बेरा एकरा के रिलीज करे के योजना बा.


(स्रोत : प्रशांत निशांत)

1 Comment



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।