मेहरी के गुलाम फिलिम के संपादन चलत बा

शैला इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फिलिम “मेहरी के गुलाम” के संपादित करे के काम ओशीवारा के जस्सी स्टूडियो में गुड्डू जाफरी का देखरेख में होखत बा. करुणेश कश्यप के बनावल एह फिलिम के निर्देशन गुड्डू जाफरी कइले बाड़ें. कहानी आ गीत करुणेश कश्यप आ संजय झरेला के, संगीत प्रदीप के, फिल्मांकन दिनेश आर पटेल के, नृत्यनिर्देशन युवराज मोरे के , आ एक्शन हीरा यादव के बा.

कलाकारन में पंकज केसरी, कल्पना साह, प्रीति सिंहानिया, बृजेश त्रिपाठी, हीरा यादव, करुणेश कश्यप, रवि रंजन, प्राची कश्यप, संजय झरेला, उपेन्द्र सिहं, हरेन्द्र साह, शकाल, त्रिभुवन, प्रीतम पटेल, हरेश, आ किताबुद्दीन वगैरह के नाम बा.


(समरजीत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।