पारो पटनावाली के शूटिंग ला सुदीप पाण्डेय मलेशिया में

भोजपुरी सिनेमा के एक्शन हीरो सुदीप पाण्डेय पिछला दिने फिलिम “पारो पटना वाली” के शूटिंग खातिर तिसरका बेर मलेशिया चहुँपलें. रंजू सिन्हा के निर्माण एह फिलिम के निर्देशन राज वर्मा करत बाड़ें. सुदीप पाण्डेय के जोड़ी एह फिलिम में सेक्सी बाला दिव्या द्विवेदी संगे बनावल गइल बा. सुदीप पाण्डे एहसे पहिलहू रंजू सिन्हा के बनावल फिलिम “जय हो जगदम्बे माई” आ कसम तिरंगा के” फिलिम में काम कर चुकल बाड़ें. ओहू दुनु फिलिमन के शूटिंग मलेशिया में भइल रहुवे.

सुदीप पाण्डेय बतवलें कि मलेशिया में बिहार आ यूपी के बहुते लोग बा. साथही शूटिंग में मलेशिया के सरकारो भरपूर सहयोग देले. भोजपुरी सिनेमा के बेर बेर एके जगहा फिलिमावल दर्शकन के उकता सकेला एह से शूटिंग के जगहा बदलत रहे के चाहीं. भोजपुरी फिलिम अइसन बने के चाहीं जे हिंदी सिनेमा के टक्कर दे सको ना त एकर लोकप्रियता में कमी आवे लागी. कहलन कि उनकर हमेशा कोशिश रहेला कि दर्शकन के बढ़िया फिलिम देसु.


(संजय शर्मा राज के रपट)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।