‘सईया जी दिलवा मांगे ले’ के शूटिंग शुरू भइल

AnandMohan-RajkumarPandey-SaiyanjiDilwaMangeसंदीप श्रीवास्तव फिल्मस् के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘सईयांजी दिलवा मांगे ले’ के शूटिंग मुंबई के फिल्म सिटी में शुरू हो गइल बा. निर्देशक बाड़ें भोजपुरी फिलिमन के सुपरहिट निर्देशक राज कुमार आर. पांडेय. एह रोमांस आ कामेडी भरल पारिवारिक फिलिम के निर्माता हउवें संदीप श्रीवास्तव जे एहसे पहिले ‘सईया के साथ मड़ईया’ बनवले रहुवन. ई उनकर दुसरकी फिलिम हिय.

फिलिम के लेखक राजेश पाण्डेय, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार राजेश गुप्ता, छायांकन करे वाला फिरोज खान, नृत्य गुरू कानू मुखर्जी, आ फाईट मास्टर दिलीप हउवें.

मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, मोनालिसा, अवधेश मिश्रा, आनंद मोहन, सीमा सिंह, मंटू लाल, ब्रजेश त्रिपाठी, किरण यादव, उत्तम मिश्रा, राकेश त्रिपाठी वगैरह के नाम शामिल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।