अंजना के जन्मदिन पर सितारा लोग समां बना दिहल
-

Fareen-Anjana-Yash-Deepak-Awadheshभोजपुरी फिलिमन के गरम लिट्टी अभिनेत्री अंजना सिंह के जनमदिन पर भोजपुरिया सितारा लोग जोरदार ठुमके लगा के उनुका जनमदिन के यादगार बना दिहल. मुंबई के जुहू स्थित पब रॉक बॉटम में अंजना सिंह आपन जनमदिन धूम धाम से मनवली आ एह मौका पर बधाई देबे वालन में प्रसिद्ध निर्देशक विमल कुमार, राज कुमार पाण्डेय, आनंद गहतराज, विशाल वर्मा, दीपक शाह, वरदान आष्टा, खलनायक अवधेश मिश्रा, अभिनेत्री संगीता तिवारी, अक्षरा सिंह, पायल सेठ, फ़रीन शेख, अभिनेता प्रवेश लाल, यश कुमार, प्रदीप पाण्डेय आ आदित्य ओझा, कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, राज कुमार पाण्डेय, अनंजय रघुराज, लेखक संतोष मिश्रा, जे . नीलम वगैरह लोग शामिल रहल. पार्टी जब पूरा शबाब पर आइल तब रवि किशन आ पाखी हेगड़े आके माहौल अउरी रंगीन बना दिहल लोग. आम तौर पर कवनो बर्थडे पार्टी आपन मौजूदगी भर दर्ज करावे वाला रवि किशन पाखी हेगड़े, अंजना सिंह, यश कुमार आ प्रदीप पण्डे संगे देर रात ले ठुमका लगवलन.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..