स्क्रीन पर हुड़दंग मचाई ‘दंबग मोरा बालमा’ – अवनि अग्रवाल

AwaniAgrawalसिल्वर होशियार हो जा जो भाई सब जन, ‘दंबग मोरा बालमा’ अब त कुर्सी टूटी, लाठी चली, सिनेमा के पर्दा में से हीरो निकली भईया काहे से कि ऐकरा के नाम ‘दबंग मोरा बालमा’ बा ओह! सच्चाईओ इहे ह. विज्ञापन आ छोटका परदा के दुनिया के खिलाड़ी प्रतिभावान युवा फिल्म निर्देशक अवनि अग्रवाल निर्देशित फिलिम ‘दबंग मोरा बालमा’ में कवनो रंग छूटल नइखे.

संगीत निर्देशक गणेश पांडेय बहुते बढिया संगीत देले बाड़े त उदित नारायण, विनोद राठौर, कल्पना, जावेद अली, राजा हसन, इंदू सोनाली, मोहम्मद सलामत, आबिद, आ खुशबू जैन जइसन कलाकार आपन आवाज. गीत पहिलही से हिट बाड़ी स.

अमृत क्रियेशन के बैनर में एकर निर्माता जयेश पटेल, कैमरा मैन करीम खत्री, गीतकार पवन मिश्रा, धनंजय भट्ट, आ राना सिंह, नृत्यसंयोजक मयंक-अशोक, फाईट मास्टर शकील शेख, आ सम्पादक-संकलक मनिल राय हउवें.

प्रमुख कलाकारन में विराज भट्ट, परी, अजय दीक्षित, मोनालिसा, गणेश पंडित, नीलिमा, गोपाल राय, वैभव राय, मधुर, नीलम सिंह, सुरेन्द्र पाल, शशि भूषण, आ सीमा सिंह के नाम बा. सीमा सिंह के आईटम नम्बर पूरा चरचा में बा आ लोग पसंद कइले बा.

परदा पर सगरी कलाकारन के बीच के केमेस्ट्री देखते बनत बा. युवा निर्देशक अवनि अग्रवाल बेहतरीन कथा-पटकथा लेखक हइए हउवन आ कमे शब्दन में आपन बात बतावे समुझावे में माहिर. अवनी एकरा पहिले एतने बड़हन कैनवास पर ‘सजन परदेशिया’ दे चुकल बाड़े.

बिहार में एकरा के विज़सन फिल्म रिलीज कइले बा. कार्यकारी निर्माता हउवे अरूण सिंह. एकरा के पिछला 27 सितम्बर के बिहार का 35गो सिनेमाघर में रिलीज कइल गइल.


(संजयभूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।