अनिल कुशवाहा ले आवत बाड़े “कच्चे धागे”

AnilKushwahaअनिल एंड अनिल फिल्म्स एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम “कच्चे धागे” ले आवत बाड़े निर्माता अनिल कुशवाहा.

अनिल कुशवाहा के अबले दू गो फिलिम रिलीज हो चुकल बा. पहिला रहे “आवऽ ना ओढा दी ओढनिया ए राजाजी” आ दुसरकी रहल “लहू के दो रंग“. दुनु फिलिम पूरा भारत में निकहा बिजनेस कइली सँ. “कच्चे धागे” इनकर तिसरकी फिलिम ह. एह तीनो के निर्देशन प्रेमी नवहियन के चर्चित निर्देशक मंजुल ठाकुर कइले बाड़न जे अनेके हिन्दीओ फिलिम निर्देशित क चुकल बाड़े आ अनेके बड़हन निर्देशकन साथे काम कइले बाड़े.

एही साल रिलीज होखे वाली “कच्चे धागे” ले गाना बहुते बढ़िया आ मनोरंजन से भरल बाड़ी स.

नायक हउवें खेसारी लाल यादव जिनका बारे में निर्माता अनिल कुशवाहा के कहना बा कि खेसारी बढ़िया गायक आ अभिनेता होखला का साथही बढ़िया इंसानो हउवन आ बुरा वक्त अइला प निर्माता के भरपूर सहयोग देले.

फिलिम के शूटिंग गुजरात के राजपीपला के खुबसूरत लोकेशन पर भइल बा.

कास्ट आ क्रेडिट
निर्माता अनिल कुशवाहा, निर्देशक मंजुल ठाकुर, लेखक मनोज कुशवाहा, संगीतकार अविनाश झा, फाइट मास्टर हीरा यादव, डांस डायरेक्शन रामदेवन, अन्थोनी, अउर राजीव दिनकर, गीतकार प्यारे लाल यादव, कृष्णा बेदर्दी, अउर आजाद सिंह, डी ओ पी फ़िरोज़ खान.

मुख्य कलाकार – खेसारी लाल यादव, स्मृति सिन्हा, संजय पाण्डेय, रत्नेश बरनवाल, गोपाल राय, किरण यादव, अभय गुप्ता, राजीव दिनकर, प्रेम दुबे, अंजनी श्रीवास्तव, मनोज सिंह टाइगर, प्रेम दुबे, सीमा सिंह अउर ग्लोरी.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।