नागपंचमी के शूटिंग बिहार का सीतामढी में शुरु

NagPanchmi-teamए ९ फिल्म्स के बैनर तर बने जात ‘नागपंचमी’ फिलिम के शूटिंग बिहार का सीतामढी में जुलाई के पहिला हफ्ता से शुरू होखे वाला बा. निर्देशन शाहिल शन्नी करत बाड़न आ निर्माता हउवें वीरेंद्र आर.सिंह अउर उपेन्द्र आर.सिंह. एह लोग के कहना बा कि धार्मिक फिलिम होखला का बावजूद ई बाकी सब फिलिमन से अलगा तरह के होखी.

एह फिलिम में कुल १३ गो गाना बा. संगीत साहिल खान के ह आ गीत रचना फणीन्द्र राव के. गवले बाड़ें इंदु सोनाली, कल्पना, आलोक, खुशबू , ममता, आ मनोज मिश्रा. सगरी गाना लोग के खूब पसशद आई.

मुख्य किरदार में रहीहें रिंकू घोष, देवेन्द्र सिंह, श्याम राय, अर्चना सिंह, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा आ अमर ज्योति वगैरह. एह फिलिम में महिला सशक्तिकरण के बात होखी आ समाज में औरतन पर होखे वाला अत्याचार आ शोषण के मुद्दा बनावल गइल बा.

छायांकन प्रमोद पाण्डेय करीहें आ कोरिओग्राफर रहीहें नवीन सिंह आ गणेश.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।