अंजन टीवी पर नया शो “गुनहगार”

Ghunegarभोजपुरी चैनल अंजन टीवी अपना दर्शकन खातिर एगो नया क्राइम शो ले के आइल बा जवना के नाम ह – ‘गुनहगार’. ई शो उत्तर प्रदेश, बिहार आ झारखण्ड में होखे वाला अपराध पर टिकल बा.

अंजन टीवी के शो का बारे में कहना बा कि एह शो के देखावे के मकसद बा अपराधियन में डर पैदा कइल आ दर्शकन के जागरूक बनावल. ‘गुनहगार’ के प्रोड्यूसर हउवें अमित श्रीवास्तव अउर अमान मिर्ज़ा, निर्देशक मनीष खन्ना आ लेखक मनोज भावुक. आ एह शो के परिकल्पना आ मार्गदर्शन देत बाड़ें अंजन टीवी के चैनल हेड अंशुमान त्रिपाठी.

‘गुनहगार’ के प्रसारण 1 सितम्बर से सोमार से बियफे ले रात दस बजे से होखल करी.


(अंजन टीवी विज्ञप्ति)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।