रेलगाड़ी से कटा के एगो नवही के मौत

शनिचर का दिने छपरा-बलिया रेल खंड पर गौतम स्थान टीसन पर सबेरे सात बजे एगो नवही ट्रेन से कटा के मर गइल. ओकरा लगे से बलिया से छपरा तक के टिकट आ एगो मोबाइल मिलल बा. मोबाइल का सहारे ओकर पहचान कइल जात बा.
बतावल जात बा कि ऊ उत्सर्ग एक्सप्रेस से छपरा जात रहुवे आ कवनो कारण से गौतम स्थान टीसन पर उतरल तबले दोसरा तरफ से आवत सारनाथ एक्सप्रेस के चपेटा में आ गइल आ ओहिजे ओकर मौत हो गइल.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।