बलिया न्यूज, 9 मार्च 16

यूपी विधान परिषद के नयका चुनाइल सदस्यन के किरिया धरावल गइल

आजु यूपी विधान परिषद के 35 गो नयका चुनाइल सदस्यन के सदस्यता के किरिया धरावल गइल. किरिया धरावे के काम कार्यवाहक सभापति ओम प्रकाश शर्मा कइलन. बाद में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, सभापति ओम प्रकाश शर्मा आ विपक्ष के नेता नसीमुद्दीन सिद्दीकी सभका के बधाई दिहलें.

वाराणसी से चुनाइल बृजेश सिंह आजु ना आ पवलन काहे कि ऊ जेल में बन्द बाड़न.

10 मार्च से दू दिन ला ग्रामीण बैंकन के कर्मचारी हड़ताल पर रहीहें. ई लोग राष्ट्रीयकृत बैंकन के कर्मचारियन से बरोबरी खोजत बा.

बलिया जिला के सहतवार इलाका के बलेउर गांव में आजु एगो मेहरारू अपना दू गो बचवन समेत आग लगा के जर मरल. बचवा त ओहिजे मर गइले सँ जबकि ओह मेहररुई के मौत अस्पताल में आ के भइल. पारिवारिक विवाद का चलते ई हादसा भइल बा.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।