सोनपुर के बाकरपुर में डकैत दू आदमी के जान लिहले
-

सारण जिला के सोनपुर इलाका के बाकरपुर गांव में मंगल का रात दू गो घर में डकैती डाल के लाखों रुपिया के गहना आ नकजी लूट ले गइले सँ डकैत आ हल्ला कइला पर घर के दू गो सवांग के जान ला लिहले सँ. मरे वाला ससुर पतोह रहलें.
सास आ मरदो के घवाहिल कर दिहले सँ. एह लोग के हाजीपुर सदर अस्पताल में इलाज का बाद पटना रेफर क दीहल गइल.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..