तेजप्रताप पर नज़र टेढ़ कइलसि सुप्रीम कोर्ट

shahabuddin
सिवान के पत्रकार राजदेव के हत्या आरोपी बंटी कैफ पिछला दिने बिहार के चारा चोर का नाम से जानल जाये वाला आ जमानत पर बाहर आइल लालू प्रसाद के बड़का बेटा तेजप्रताप यादव का साथे सोशल मीडिया पर खूब उछलल रहल। एही बात के नोटिस लेत सुप्रीम कोर्ट तेजप्रताप के नोटिस जारी कइले बिया।

शहाबुद्दीन के जमानत मिलला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अरजी डलले बाड़ी निहत पत्रकार राजदेव रंजन के पत्नी। उनकर कहना बा कि सिवान के कुख्यात अपराधी शहाबुद्दीन से जुड़ल मुकदमा बिहार का बाहर चलावल जाय। काहे कि बिहार में ईमानदार सुनवाई सम्भव नइखे।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।