गोरखपुर के नामी पत्रकार योगेश्वर जी के निधन
-

सड़क हादसा में पिछला 16 तारीख के घवाहिल भइल पत्रकार आ अमर उजाला के उप संपादक योगेश्वर सिंह के निधन काल्हु बियफे का दिने सहारा अस्पताल में हो गइल।

16 तारीख के राति ड्यूटी के के घरे ला निकलल योगेश्वर जी के माउंट लिट्रा जी स्कूल का नियरा कवनो गाडी धक्का मार के भाग निकलल रहुवे।

कमें समय में अपना लिखनई से पत्रकारिता में आपन जगह बना लेवे वाल्स योगेश्वर जी अपना हंसमुख स्वभाव का चलते सभकर प्रिय हो गइल रहले।

अपना पीछे बाप महतारी, भाई भौजाई, आ अपना मेहरारू के छोड़ गइल योगेश्वर जी के अंतिम संस्कार आजु कइल जाई।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts