सासाराम में पत्रकार के गोली मार के हत्या

बिहार के सासाराम में दैनिक भास्कर के पत्रकार धर्मेंद्र सिंह के गोली मार के आज सबेरे हत्या क दीहल गइल।

कहल जात बा कि पत्रकार धर्मेंद्र सिंह भोरे अपना घर का नियरे एगो चाय दूकान पर खड़ा रहलन जब बाइक से आइल अपराधी उनुका प गोली झोंक दिहले।

घवाहिल पत्रकार के बढ़िया इलाज खाति वाराणसी ले के चलल लोग बाकि राहे में उनुकर मौत हो गइल।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।