गोरखपुर से लखनऊ खाती एगो अउर ट्रेन
-

PrabhuSureshदिल्ली में रेलभवन से बटन दबाके रेल मंत्री सुरेश प्रभु आजु से गोरखपुर से लखनऊ के बादशाह नगर का बीच एगो नया ट्रेन के शुरुआत करइहें।
एह ट्रेन से गोरखपुर लखनऊ रूट के भीड़ कम करे के मौके मिली।
जान जाईं कि रेल मंत्रालय एह घरी पूर्वांचल पर मेहरबान बा आ जल्दिये कुछ अउरी ट्रेनन के शुरुआत करावल जाई। गाजीपुर से कोलकाता खाती एगो डायरेक्ट ट्रेनो शुरू होखे वाला बा।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts