छपरा से 4 गो जालसाज धरइले
-

फर्जी वीजा कागजात बना के विदेश भेजेवाला गिरोह के चारगो जालसाजन के काल्हु छपरा के जेपीएम कॉलेज का नियरा से छपरा पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि।

बतावल जात बा कि 21 जने के फर्जी कागजात बनाके सिंगापुर भेजले रहले सँ बाकि सब जने एयरपोर्ट पर धरा गइले। जब पता चलल कि एह लोगन का साथे जालसाजी भइल बा त शिकार लोग के त छोड़ दीहल गइल बाकि शिकारी धरा गइले। एकनी का लगे से फर्जी दस्तावेजो मिलल बा।

एह जालसाज गिरोह के सरगना मुम्बई से आपन जाल सम्हारेला।

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts