अज्ञात वाहन से कचरा के एक जने के मौत
-

(प्रतीक फोटो)


गोपालगंज 17 मार्च (वार्ता) गोपालगंज जिला के कुचायकोट इलाका के सासामुसा बाजार में देर राति कवनो वाहन से कचरा के एक आदमी के मौत हो गइल.

पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि अदालत में गवाही देके वशिष्ठ शर्मा (45) अपना घरे लवटत रहले जब ई हादसा हो गइल. उनुकर मौत ओहिजे हो गइल. जानकारी पा के पुलिस चहुँपल आ लाश बरामद कर के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहलसि.

हालांकि घर वालन के कहना बा कि ई सड़क हादसा ना हो के सुविचारित हत्या ह. उनुका बेटा के खून साल 2016 में कर दीहल गइल रहे आ ओही मामिला में गवाही दे के लवटत रहलें. उनुका के धिरावल रहहवे कि अगर गवाही दिहल त खराब अंजाम भुगते होखी.

पुलिस केस दर्ज क के छानबीन में जुटल बिया.

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..