आसाराम बापू के दौषी मनलसि अदालत


जोधपुर 25 अप्रैल (वार्ता). राजस्थान में जोधपुर के एगो अदालत आजु गुरूकुल के नाबालिग लड़िकी के यौन शोषण करे के आरोपी कथा वाचक आसाराम बापू आ उनुका दू गो सेवादारन के दोषी करार क दिहलसि.
कड़ा सुरक्षा का बीच केन्द्रीय जेले में बनावल गइल अस्थायी अदालत में अनुसूचित जाति अउर जनजाति अधिनियम अदालत के न्यायाधीश मधुसूदन शर्मा आसाराम बापू आ उनुका दू गो सेवादारन – शिल्पी अउर शरतचन्द्र – के नाबालिग के यौन शोषण करे के दोषी मान लिहलसि.
एह लोग के का सजा दीहल जाव एह पर अबहीं अदालत में बहस जारी बा.
आजु एह मामिला में दू गो आरोपुयन – प्रकाश अउर शिवा – के अदालत दोषमुक्त क दिहलसि. अपना गुरु आसाराम बापू के सेवा करत रहे का गरज से प्रकाश जमानतो ना लिहले रहल.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।