गाजीपुर में सड़क हादसा में दू गो नवहियन के मौत


गाजीपुर 21 जून (वार्ता) उत्तर प्रदेश के गाजीपुर जिला में आजु भइल दू गो सड़क हादसा में एक एक आदमी के मौत हो गइल.
पुलिस बतवलसि कि बिहार के कोचस के रहेवाला विन्ध्याचल चौहान (27 बरीस) मोटरसाइकिल से कतहीं जात रहल जब गहमर क्षेत्र के भदौरा बाजार का लगे सड़क किनारे खड़ा ट्रक से जा टकराइल. तेज रफ्तार मोटरसाइकिल के एह टक्कर से ओकर मौत ओहिजे हो गइल.
एगो दोसर हादसा में जंगीपुर क्षेत्र के अरसदपुर गांव के रहे वाला राजू गुप्ता (32 बरीस) के मौत सबेरे ओह बेरा हो गइल जब ऊ दिशा मैदान करे जात रहुवे आ एगो तेज रफ्तार ट्रक ओकरा के धक्का मार दिहलसि. घवाहिल राजू के अस्पताल ले गइला पर डॉक्टर ओकरा के मरल घोषित कर दिहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *