सोनभद्र में ट्रेन से कटा के एगो बूढ़ के मौत
-


सोनभद्र (वार्ता) उत्तर प्रदेश के सोनभद्र जिला के करमा इलाका में आजु सबेरे एगो बूढ़ के मौत ट्रेन से कटइला से हो गइल.
पुलिस सूत्र बतवलें कि करकी माइनर के गुलशन ए तैयबा पब्लिक स्कूल का लगे सबेरे छह बजे डाउन मूरी एक्सप्रेस का चपेटा में अइला से एगो बूढ़ के मौत हो गइल. लोग एह घटना के जानकारी पुलिस के दीहल. मौका पर पहुँचल पुलिस गाँववालन के सहयोग से ओह बूढ़ के पहचान करवलें. मरे वाला मिर्जापुर के भुड़कुड़ा निवासी सूर्यभान यादव (62 बरीस) रहलन.
ओकरा परिजनन के कहना हा कि ऊ पारिवारिक कलह से अनसा के कई दिन पहिलहीं घर से निकला गइल रहलन.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts