पाखी फेर से सबले बढ़िया अभिनेत्री साबित भइली


भोजपुरी के लोकप्रिय अदाकारा पाखी हेगडे ई कई बेर देखा चुकल बाड़ी कि जबहियों उनकर मुकाबिला कवनो दोसर तेसर अभिनेत्री से होखी त ओह कई नायिका वाली फिल्म में पाखी हेगडे हमेशा सबका ले एकइस साबित होखीहन. अबकियो उहे भइल बा. फिल्म “आखिरी रास्ता” में रानी वाला उनकर किरदार बाकी अभिनेत्रियन पर भारी पड़ल बा आ पाखी निरहुआ के जोड़ी दर्शकन के सबले निमन लागल बा. उनकर संवाद बोले के अंदाज, अदाकारी के जलवा, आ ना्च के शैली, हर कुछ दर्शकन के मोह लेबे ला. फिल्म “आखिरी रास्ता” में पाखी हेगडे आ निरहुआ के कईएक सीन बैंकाक के खुबसूरत वादियन में करावल गइल बा जवना के देख के दर्शक मंत्रमुग्ध हो जात बाड़े.फिल्म बिहार में बहुते बढ़िया व्यबसाय करत बिया. पिछला चार साल से पाखी हेगडे भोजपुरी सिनेमा के सबसे लोकप्रियअभिनेत्री का कुर्सी पर जमल बाड़ी आ लागत बा कि एहू साल उनकर जलवा कायम रहे वाला बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..