MLA Ramdas Ray died on Friday and his body was cremated on Saturday at his village. Several politicians from various political party paid their homage to the departed leader. He was a popular leader of Chapra and a nationalist to the core.
छपरा जिला के तरैया के विधायक रामदास राय के निधन शुक का दिने हो गइल. देर साँझ उनकर पार्थिव शरीर उनका गाँवे चकहन चहुँपल जहाँ एगो शामियाना में लोग के दर्शन खातिर राखल गइल. शनिचर का दुपहरिया में हाँव का बगइचा में उनकर अंतिम संस्कार करावल गइल. मुखाग्नि उनकर एकलौता बेटा जय राय दिहले.
एह दुखद अवसर पर बहुते राजनेता ओहिजा मौजूद रहले. अंतिम संस्कार से पहिले उनका के गार्ड आफ आनर दिहल गइल. रामदास राय के जिला में बहुते लोकप्रियता रहुवे आ लोग उनका के बहुते मान सम्मान देत रहुवे. पहिले ऊ भाजपा में रहले बाकिर बाद में राजद में चल गइल रहले.
0 Comments